Sunday, March 8, 2020

होली

ईश अइलन जब इलाहाबाद
बजरंगी रहलेन नाबाद
होइ गइलन नास्तिक छोड देहलेन धर्म
विज्ञान के छात्र के नाते अवैज्ञानिक कर्म
समझेलन न फिरकापरस्ती क अमानवीय मर्म
करै लगलेन विद्यार्थी परिषदी अपकर्म
पाला पड़ल वैज्ञानिक तेवर की किताबन से
मोहभंग भइल परिषदीे संघी खिताबन से
आत्मसात कइलन तब वैज्ञानिक तेवर
समझ पे चढ़ा जनवादी इंकलाबी कलेवर
समझ गइलन धर्म का फरेबी आन-बान
बनि गइलन बाभन से विवेकशील इंसान


जोगीरा सारारारा .....

No comments:

Post a Comment